मास्टर अपना एगो बच्ची से दुष्कर्म कइलसि

छपरा 23 अक्टूबर (वार्ता) एगो शिक्षक सोलह साल के एगो लइकी का साथे बिहार के सारण जिला मुख्यालय छपरा के भगवान बाजार इलाका के एगो होटल मे दुष्कर्म करे के आरोपी बनावल गइल बा.

पुलिस सूत्र बतवले कि मढौरा थाना के बहुआरा पट्टी गांव के राजगांव उत्क्रमित मध्य विद्यालय के मास्टर ललितेश्वर राम पिछला 17 अक्टूबर के मोटरसाईकिल से अपना भउजाई संगे कवनो काम से नगरा बाजार आइल रहुवे जहां छपरा में कवनो डाक्टर किहा आवत बहुआरा पट्टी गांव के एगो सोलह साल के लइकी भेंटा गइल. पुलिस बतावत बिया कि ललितेश्वर राम अपना भउजाई के छोड़ ओह लइकी के ले के छपरा चल आइल आ एगो होटल में ओकरा के आपन मेहरारू बतावत रात में रुक गइल.

ओही होटल में रात में ऊ ओह लइकी से दुष्कर्म कइलसि. बाद में लइकी के बयान पर ओह मास्टर का खिलाफ मुकदमा दर्ज भइल बा.

मेडिकल जांच मे बच्ची का साथे दुष्कर्म के पुष्टि हो गइलबा. एह घटना का बाद से ललितश्चर फरार बतावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।