आजम खाँ का खिलाफ ऊनकर पूरा स्टाफं आपन तबादला मँगलसि

लखनऊ 29 अक्टूबर (वार्ता) उत्तर प्रदेश के कद्दावर मंत्री मोहम्मद आजम खां के सगरी निजी स्टाफं उनका साथे काम करे में आपन अनिच्छा जाहिर कइले बाड़े आ आपन तबादला मँगले बाड़े.

नगर विकास मंत्री आजम खां के दू गो निजी सचिव आ चार गो अतिरिक्त निजी सचिवन के कहना बा कि बढ़िया से काम कइला का बावजूद ओह लोग से गारी बात होखत बा. एहे उ लोग अपना के सचिवालय प्रशासन विभाग में वापस भेजवाए के मांग कइले बाड़े जहां से उनका नया तैनाती मिल जाव.

प्रशासन में अइसन कमे होला कि कवो बड़ मंत्री के पूरा निजी स्टाफं अपना तबादला के मांग करे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..