एके परिवार के चार बेकत के हत्या

वाराणसी 30 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी के चोलापुर इलाका में मंगल का रात कुछ बदमाश एगो घर मे घुस के मरद मेहरारू समेत चार बेकत के हत्या क दिहले आ एगो लड़िका घवाहिल हो गइल.

पुलिस के कहना बा कि मंगल रात कुछ बदमाश मोहन जायसवाल के घर में घुसले आ परिवार के लोग प रॉड आ डंडा हमला क दिहले. एहमें पचपन साल के मोहन जायसवाल, उनकर मेहरारू तिरपन साल के झूनादेवी, बेटी बीस साल के पूजा, आ बेटा अठारह साल के प्रदीप.के हत्या क दिहले सोलह साल के संदीप घवाहिल हो के बाँच गइल. ओकरा के अस्पताल मे भरती करावल बा.

पुलिस बतवलसि कि मोहन जायवाल सिचाई विभाग मे काम करत रहले. हत्या काहे भइल से पता नइखे चलल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..