महावीर चक्र विजेता के परिवार के केहू देखेवाला नइखे

गाजीपुर 02 नवम्बर (वार्ता) गाजीपुर जिला निवासी आ महावीर चक्र विजेता शहीद राम उग्रह पाण्डेय के परिवार केन्द्र आ राज्य सरकार के बेरुखी से मर्माहत बा.

गाजीपुर के जखनिया तहसील के एमावशी गांव के पण्डित राम उग्रह पाण्डेय साल 1971 के लड़ाई में शामिल भइल रहले. एही युद्ध में उ 14 नवम्बर 1971 के शहीद हो गइल रहले, ओह समय उनकर पत्नी श्यामा देवी महज 20 साल के रहली आ गोदी में डेढ महीना के बेटी सुनीता रहल.

शहीद भइला का बाद राम उग्रह पाण्डेय के सैनिक सम्मान महावीर चक्र से नवाजल गइल बाकिर ओकरा बाद सरकार उनका के भुला गइल. शहीद के विधवा के सेना से उहो सुविधा ना मिलल जवन उनकर हक रहल. ना त रेल पास मिलल ना कैण्टीन कार्ड. अतने ना शहीद के स्मारक में पार्क बनवावे खातिर जमीन लेत घरी जिला प्रशासन जमीन के बदले जमीन भा मुआवजा देबे के बात कहले रहुवे उहो नइखे मिलल अब ले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..