‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के शूटिंग पूरा

ChhoraGangaKinareWala-team
माँ केला देवी फिल्म्स के बैनर तर बनत भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा.

एह फिलिम के नायक बाड़न प्रदीप पाण्डेय चिंटू, निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय, आ निर्माता धीरेन्द्र चौबे. रवि किशन मेहमान कलाकार बन के फिलिम में नजर अइहे. पुलिस इंसपेक्टर बनल रवि किशन पुलिस अफसर के किरदार करत स्वीटी छाबरा संगे रोमांस कइले बाड़न. साथे बाड़े खलनायक अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, रवि पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, सोनाली जोशी, के.के.गोस्वामी, सीमा सिंह, आ प्रिया पाण्डेय वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..