नाच देखत भीड़ के कचारत निकल भागल कार, 6 जने के मौत

देवरिया के गौरी बाजार इलाका के पननहा गांव में पूजा कार्यक्रम के दौरान होखत नाच देखे लोग के भीड़ जुटल रहे. कुछ लो9 सड़क का किनारे बइठल नाच देखत रहुवे तबले अचके में एगो कार सनसनात आइल आ एह लोग के कचारत भाग निकलल.
एह हादसा से छह लोग के मौत हो गइल आ करीब दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिलन में कुछ लोग के हालत अब तब के बतावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।