बलात्कारी बाबा रामरहीम के 20 बरीस जेल आ 30 लाख जुर्माना


हरियाणा के बाबा गुरमीत राम रहीम के 15 बरीस पुरान बलात्कार के दू गो केस में हरियाणा के स्पेशल सीबीआई कोर्ट आजु 10-10 बरीस जेत आ 15-15 लाख जुर्माना के सजा सुनवलसि. दूनू सजा आ जुर्माना अलग अलग भुगते के पड़ी. जुरमाना के रुपिया में से दूनू लड़िकियन के 14-14 लाख रुपिया दीहल जाई.

बाबा के परोपकार के किस्सा सुना सुना के राहत खातिर गिड़गिड़इला के कवनो असर जज साहब प ना पड़ल. बाबा के बीमारीओ का नाम प कवनो रादत ना दिहलसि अदालत. अब बाबा के वकिल हाईकोर्ट के दरवाता खटखटइहे बाकिर ओहिजो से कवनो राहत शायदे मिल पावे.

सजा भुगते खातिर बाबा के रोहतक के जेल में साधारण कैदियन का तरह राखल गइल बा. एहिजा ऊ शुक का दिने गिरफ्तारी का बादे से बाड़न.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..