एगो अउरी भोजपुरी फिल्म पत्रिका

भोजपुरी सिनेमा के बढ़त कदम का साथ ताल में ताल मिलावत भोजपुरी सिनेमा पत्रकारितो नया नया मुकाम हासिल कर रहल बा. एही कड़ी में सिने भोजपुरिया के नाम से एगो फिल्मी पत्रिका शुरु भइल बा.

Cine Bhojpuria, Feb issue cover

इहो पत्रिका दू साल पहिले से प्रकाशित हो रहल भोजपुरी सिटी नाम के पत्रिका का तरह हिन्दी में बा काहे कि प्रकाशक आ संपादक का राय में भोजपुरी सिनेमा में खाली भोजपुरिये लोग के रुचि नइखे. सिने भोजपुरिया के पहिलका अंक प्रकाशित हो चुकल बा आ देशभर के थियेटर, निर्देशक, आ निर्माता लोग के भेजल गइल बा. पत्रिका का संबंध में जानकारी करे खातिर पत्रिका के संपादक उदयवीर सेनापति से संपर्क कइल जा सकेला. उनकर इमेल पता हऽ udaisenapati@yahoo.co.in

पत्रिका के एगो मकसद इहो बा कि नवोदित कलाकारन आ फिल्म लेखक आ गीतकारन के फिल्म नगरी से जोड़े खातिर पुल का तरह काम करो.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..