जान बचल त लाखों पइले, लवटि के अन्ना घरे गइले


नयी दिल्ली 29 मार्च (वार्ता). लोकपाल के बहाली आ किसानन के समस्यन के समाधान के मांग लेके सात दिन से अनशन पर बइठल अन्ना हजारे आजु आपन अनशन तूड़ दिहलें. एक सप्ताह अन्ना हजारे का भूखले रखला का बेद आजु सरकार उनुका के लिखित आश्वासन दे दिहलसि.
अन्ना महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री देवेन्द्र फड़नवीस का हाथ से जूस पीके आपन अनशन तूड़ले. एह मौका पर केन्द्रीय कृषि राज्य मंत्री गजेन्द्र सिंह शेखावत आ प्रधानमंत्री कार्यालय में राज्य मंत्री जितेन्द्र सिंह ऊ चिट्ठी पढ़ले जवना में अन्ना के एगारहो मांग पूरा करे के भरोसा दीहल गइल बा.
अन्ना के सहयोगी जयकांत मिश्रा बतवलन कि सरकार के आश्वासन के सकारत अन्ना हजारे आपन अनशन तूड़े ला मान गइलन.
अन्ना हजारे

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..