शिक्षामित्रन के मांग सकारे के निर्देश दिहलें यूपी के मुख्यमंत्री


लखनऊ, 06 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु बेसिक शिक्षा के अपर मुख्य सचिव राज प्रताप सिंह के शासनादेश जारी क के शिक्षामित्रन के मांग सकार लेबे ला जरुरी कार्रवाई करे के निर्देश दे दिहलें.
सरकारी प्रवक्ता जानकारी दिहलें कि शिक्षामित्रन के एगो प्रतिनिधिमण्डल आजु मुख्यमंत्री से उनुका सरकारी आवास पर भेंट कइलसि. मुख्यमंत्री ओह लोग के बात ध्यान से सुननी आ विभाग के अपर मुख्य सचिव के एह लोग के मांग सकार लेबे ला जरुरी कार्रवाई करे के निर्देश दिहलें जेहसे कि भर्ती परीक्षा में टीईटी पास शिक्षामित्रन का सोझा कवनो तरह के समस्या ना आवे.
प्रतिनिधिमण्डल मुख्यमंत्री से निहोरा कइलसि कि बेसिक शिक्षा परिषद में 68,500 सहायक अध्यापकन के भर्ती में टीईटी पास शिक्षामित्रन के उच्चतम न्यायालय के आदेश का हिसाब से क्रम में यथोचित प्राथमिकता दिहल जाव.
प्रतिनिधिमण्डल के कहना रहल कि सहायक अध्यापक भर्ती परीक्षा में पास अंक के सीमा में छूट मिले, 25 प्रतिशत अतिरिक्त भारांक मिले आ टीईटी-2013 के वैधता के भर्ती परीक्षा में अनुमन्य कइल जाव.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।