भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल

खबर आइल बा कि चारा चोर लालू के बड़का बेटा तेज प्रताप यादव जे बहुरुपिया का तरह तरह-तरह के स्वांग रचत रहेला अपना मेहरारु से तलाक लेबे खातिर अदातल में अर्जी लगा दिहले बा.

अबहीं पाँच महीना पहिलहीं एह लोग के बिआह भइल रहुवे. तेजू के मेहरारुओ बिहार के मुख्यमंत्री रहल स्व. दारोगा प्रसाद यादव के पोती हई. बिआह का बाद जब चारा चोर लालू के परिवार में कलह शुरु भइल त कनफुसकी शुरु हो गइल कि तेजू के मेहरारु ऐश्वर्या उनुका के अपना छोटका भाई से लड़वावत बाड़ी काहे कि बड़ बेटा तेजू के अनदेखी क के लालू अपना छोटका बेटा तेजस्वी के आपन वारिस घोषित क दिहलन. जबकि ई हक बड़का बेटा के होखल चाहत रहुवे.

लागत बा कि लालू के परिवार पर उनुका पाप के परछाईं घेरल शुरु कर दिहले बावे आ सत्ता के लड़ाई पारिवारिक टूट के कारण बनत जा रहल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।