बलिया में डाक्टर से मंगाइल तीन करोड़ के फिरौती
चिट्ठी डालत अपराधी

बलिया के एगो मशहूर हड्डी रोग सर्जन के आफिस में चिट्ठी डाल के मांगल गइल बा तीन करोड़ रुपिया के रंगदारी आ ना दिहला पर जान मारे के धमकिओ दीहल गइल बा.

मंगल के फजीरे उनुका क्लिनिक में एगो नकाबपोश चहुँपल आ काउन्टर पर एगो चिट्ठी छोड़ गइल. ओह बेरा क्लिनिक के आफिस बन्द रहुवे से केहू के तब ले पता ना चलल रहुवे जबले क्लिनिक के व्यवस्थापक आ सर्जन के छोट भाई के मोबाइल पर फोन क के एगो आदमी पुछलसि के खबर मिलल कि ना ? उनुका त मालूमे ना रहुवे से पूछलनि कि का त कहलसि कि काउन्टर पर से चिट्ठी मंगवा ल होश उडि जाई. ओकरा बाद काउन्टर पर से चिट्ठी मंगावल गइल त ओहमें लिखल रहुवे कि तीन करोड़ बान्हि के राख ना त जियल मुहाल हो जाई.

ओकरा बाद बलिया कोतवाली में केस दर्ज करावल गइल बा आ पुलिस एह मामिला के तहकीकात करे में जुट गइल बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..