उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक 23 सितम्बर))

  • मेरठ शहर में कुछ अज्ञात हथियारबंद बदमाश आजु शुक का दिने बसपा नेता आ जिला पंचायत सदस्य के दिनदहाड़े गोली मारके हत्या कर दिहले सँ.
  • आईआईटी कानपुर के एगो छात्र अपना छात्रावास का कमरा में खुदखुशी कर लिहलसि. पुलिस के शक बा कि प्रेम सम्बंध में असफल रहला का चलते अइसन कइलसि.
  • मेरठ जिला में कार लूटके भागत अपराधियन से पुलिस मुठभेड़ में एगो अपराधी मरा गइल आ एगो के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • सीतापुर जिला में बियफे का दिने एगो औरत समेत तीन जने के लाश मिलल बा. पुलिस के कहना बा कि तीनो के हत्या भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..