नेपाल के शार्प शूटर घुरापाली में पकड़ाइल

सारण पुलिस बियफे का दिने रसूलपुर थाना के घुरापाली गांव से संतोष साह के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा लगे से पिस्तौल, कारतूस, पाँच गो मोबाइल आ एगो बोलेरो जब्त कइल गइल.बतावल जात बा कि झारखंड के बदनाम अपराधी का तलाश में झारखंड के पुलिस छपरा आइल आ घुरापाली में अमरेन्द्र तिवारी का मकान पर छापा मरलसि. अमरेन्द्र तिवारी अपने त भाग पराइल बाकिर ओकरा गिरोह के सदस्य आ नेपाल में शार्प शूटर संतोष धरा गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..