छपरा में चार गो डकैत गिरफ्तार

पिछला १ जुलाई के कटेसर से लूटल स्टेट बैंक के पौने चार लाख से अधिका रुपिया का मामिला में पुलिस चार गो डकैतन के गिरफ्तार कर लिहलसि. चारो राजन साह गिरोह के अपराधी बतावल जात बाड़े. एह चारो में तरैया के लोकनाथ आ मुकेश, अउर खैरा के कन्हैया आ रंजीत शामिल बाड़े. पकड़ाइल अपराधियन का लगे से हथियार, कूकर बम, आ चोरावल मोटर साइकिल के इंजिन बरामद भइल बा. बदमाशन से पूछताछ से मालूम भइल कि अबही ले लूट के माल बँटाइल नइखे आ सगरी रुपिया राजन अपना लगे रखले बा. पुलिस राजन के गिरफ्तारी के कोशिश में बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।