भोजपुर में गंगा के पानी शहरी इलाकन में घुसल

गंगा के बढ़त पानी आजु भोजपुर जिला के शहरीओ इलाका में पसरे लागल बा. शाहपुर, कोइलवर, बड़हरा आ आरा प्रखंड में हालात जस के तस बा. बक्सर के दियारा में आ गंगा, कर्मनासा, धर्मावती आ ठोरा नदियन का किनारे का इलाकन में हालात बिगड़ल जात बा. चौसा मोहिनिया रोड पर फेर पानी चढ़ गइला का चलते रोड पर आवाजाही बंद हो गइल बा.

सारण जिला के छपरा पटना रोडो पर अवतार नगर से मौजमपुर ले गंगा आ घाघरा के पानी हाइवे पर बहल शुरु कर दिहल बा जवना चलते एहू सड़क पर आवाजाही रोक दिहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..