दस जिला मे शुरु होखी ई स्टैम्पिंग

जौनपुर में मंगल का दिने स्टाम्प, न्यायालय शुल्क, पंजीयन एवं नागरिक सुरक्षा मंत्री राजा महेन्द्र अरिदमन सिंह पत्रकारन के बतवले कि अगिला 15 अक्टूबर से जौनपुर समेत अउरी दस जिलन में ई स्टैम्पिंग सेवा शुरु कइल जाई. आठ गो जिलन में ई सुविधा पहिले से मौजूद बा. दूसरा चरण मे 15 अक्टूबर से जौनपुर, बाराबंकी, मथुरा, बागपत, बुलन्दशहर, हापुड, रायबरेली, उन्नाव, हरदोई आ खीरी मे ई सेवा शुरु होखी.
मंत्री के कहना रहे कि एहसे बैनामा लिखावे वालन के स्टाम्प खरीदला से मुक्ति मिल जाई आ बैक के माध्यम से ई सुविधा चलावल जाई. एकरा से स्टैम्प विक्रेता लोगन के कवनो नुकसान ना होखी काहे कि ई स्टैम्पिंग बड़के खरीद वाला बैनामा में इस्तेमाल होखी.
कहलन कि सही मालिकाना हक वाली जमीन के एक से अधिका बेर बैनामा करे वालन के निबटारा दू महीना का भितरे करे के शासनादेश जारी हो गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..