पटना के हुंकार रैली के हाईटेक बनावे में लागल भाजपा

पटना 22 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा अपना पटना के हुंकार रैली के हाईटेक आ यादगार बनावे खातिर कड़ा मेहनत करत बिया. भाजपा का ओर से प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार घोषित भइला का बाद से नरेन्द्र मोदी के पहिला बिहार यात्रा में 27 अक्टूबर के पटना के ऐतिहासिक गांधी मैदान मे हुंकार रैली बोलावल गइल बा जवना के हाईटेक बनावे मे कवनो कोर कसर नइखे छोड़ल जात.

बिहार विधानसभा मे प्रतिपक्ष के नेता आ राज्य में मंत्री रहल नंद किशोर यादव बतवले कि एगो टॉल फ्री नम्बर जारी कइल गइल बा जवना पर लोग आपन पंजीयन करावे में लागल बा. अबही ले एक लाख से अधिका लोग रैली में आवे खातिर आपन पंजीयन करा चुकल बा.

नंदकिशोर यादव बतवले कि गांधी मैदान में मुख्य मंच का पीछे एगो बड़हन एलईडी स्क्रीन लगावल जाई जवना पर लगो बिहार के महापुरुषन आ पौराणिक जगहन के झलक देख सकी. रैली के रिकार्डिंग खातिर 15 गो कैमरा लगावल जाई साथही इलेक्ट्रानिक मीडिया के लगातार सीधा इमेज मिलत रहे खातिर अलग से व्यवस्था होखी. एकरा अलावे गांधी मैदान के चारो ओर 30 गो ले अधिका एलईडी टीवी लगावल जाई.

भाजपा बिहार में पहिला बेर आधुनिक तकनीक के अइसन इंतजाम कइले बिया कि रैली का दिन दुनियां के कवनो कोना मे बइठल लोग नरेन्द्र मोदी के भाषण अपना मोबाईल फोन पर सुन सकी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..