मऊ मे घाघरा अफनाइल

मऊ के चिउंटीडांड़ रिंगबांध घाघरा के बाढ़ मे टूटे का कगार प आग गइल बा. हर घंटा एक से॰मी॰ का रफ्तार से बढ़त घाघरा नदी अवराडांड़ में नदी मे खतरा का निशान से बहुते उपर बहत बिया. पानी का टक्कर से किनार प नीचही नीचे खोह बने के अनेसा होखत बा जवब कबहियो कटान मे बदल सकेला. गौरीशंकर घाट पर नदी खतरा के निशान से 50 से॰मी॰ उपर बहतिया. त मधुबन तहसील के चक्की मूसाडोही गांव टापू बन गइल बा. देवारा इलाका के दर्जनो गाँवो बाढ़ का चपेटा मे बाड़ी सँ.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..