पंचायत करत में गोली चलावल गइल, एक जने के मौत

मऊ में कोपागंज के चौबेपुर में एगो ईट भट्ठा पर जमीन के झगड़ा फरियावे खातिर बोलावल पंचायत में एगो फरीक दोसरका पर गोली चला दिहलसि जवना से एक आदमी के मौत ठाँवे पर हो गइल आ दू गो घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बाद में खिसियाइल लोग गोली चलावे वाला के घर पर पथराव कइल. बाद में पुलिस चहुँपल आ केहूू तरह हालात पर काबू पवलसि. दुनू फरीक यादवे रहलन.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।