Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, 5 मार्च 2018, सोमार


बिहार में वित्तीय प्रबंधन प्रणाली 01 अप्रैल से ऑनलाइन हो जाई
पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी सोमार का दिने एलान कइलन कि राज्य का वित्तीय प्रबंधन में पारदर्शिता ले आवे खातिर 01 अप्रैल से ऑनलाइन व्यापक वित्त प्रबंधन प्रणाली (सीएफएमएस) लागू हो जाई आ सरकार के सगरी वित्तीय फैसला आ प्रक्रिया के ऑनलाइन कर दीहल जाई.
विधानसभा में वित्त वर्ष 2018-19 ला पेश बजट पर होखत सामान्य चर्चा के जवाब में वित्त मंत्री कहलन कि एह ऑनलाइन प्रणाली से सरकार के वित्तीय प्रबंधन में अउरी सुधार ले आवे में मदद मिली. एकरा बाद सरकार के कवनो विभाग में कागजी कार्यवाही के जरूरत खतम हो जाई आ वेतन अउऱ पेंशन भुगतान का साथ ही अउरिओ मदन में खरचा खातिर ट्रेजरी से निकालल राशि के ब्यौरा ऑनलाइन मौजूद रही. एहसे बजट तइयार करे आ वित्तीय ब्यौरा देखे में मदद मिली. कहलन कि सरकार अपना इस्तेमाल वाली चिझु पोर्टल गवर्नमेंट ई मार्केट (जीईएम) के जरिये खरीदल करी. 50 हजार रुपिया से कम के खरीद जीईएम से होखी आ ओकरा से अधिका के खरीद ला जीईएम पर ऑनलाइन निविदा माँगल जाई.


बिहार में राज्यसभा के छह सीट ला चुनाव के अधिसूचना जारी
पटना 05 मार्च (वार्ता). बिहार से राज्यसभा के खाली होखत छह सीटन के चुनाव खातिर अधिसूचना सोमार का दिने जारी हो गइल. राज्यसभा चुनाव ला निर्वाची पदाधिकारी आ साथही बिहार विधानसभा के सचिव रामश्रेष्ठ राय जानकारी दीहलन कि अधिसूचना जारी होखला का साथही परचा दाखिल करे के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा. आजु केहू आपन परचा दाखिल ना कइल. 12 मार्च ले विधानसभा भवन स्थित सचिव कार्यालय कक्ष में सबेरे 11 बजे से उपरी बेरा न बजे ले परचा दाखिल कइल जा सकी. दाखिल परचन के जाँच 13 मार्च के होखी आ 15 मार्च ले नामवापसी कइल जो सकी. ओकरा बाद अगर जरुरू भइल त 23 मार्च के सबेरे नौ बजे से साँझ चार बजे ले भोटिंग करावल जाई आ ओही दिने पाँच बजो गिनिती क लीहल जाई. सगरी काम 26 मार्च ले पूरी कर लेबे के बा.
जाने जोग बा कि जदयू के वशिष्ठ नारायण सिंह, महेंद्र प्रसाद, अनिल सहनी अउर अली अनवर आ भाजपा के धर्मेंद्र प्रधान आ रविशंकर प्रसाद के कार्यकाल 02 अप्रैल के पूरा हो रहल बा.


जौनपुर में ग्राम प्रधान के गोली मरलें बदमाश
जौनपुर, 05 मार्च (वार्ता), जौनपुर के नेवढ़ियां इलाका में सोमार के देर साँझ मोटरसाइकिल सवार दू गो बदमाश धनेथू गांव के प्रधान शिवप्रकाश दुबे (42 ) के गोली मार के भाग निकलले. प्रधान गांवे के विराजीपुर पुरवा से एगो तेरही में शामिल होके सवटत रहलन. गोली मारे के कारण अबहीं पता नइखे चलल. पुलिस छानबीन करत बिया आ घवाहिल ग्राम प्रधानके इताज हो रहल बा.


विधायक भा सांसद के फोन ना उठावे वाला अधिकारियन पर बिजली मंत्री नाराज
वाराणसी 05 मार्च (वार्ता). यूपी के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा आजु चेतवलें कि विधायक भा सांसद के फोन ना उठावे वाला अधिकारियन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. वाराणसी मंडल के विभागीय अधिकारियन का साथे होखत समीक्षा बैठक के दौरान एह बारे में शिकायत मिलला पर श्रीकांत शर्मा कहलन कि जनप्रतिधियन के फोन ना उठावल गम्भीर मामिला बा. आ शिकायत मिलला पर ओह अघिकारियन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई.
राज्य के बिजली व्यवस्था में व्यापक सुधार होखे के दावा करत मंत्री कहलन कि आवे वाला समय में पूर्वांचल सहित पूरा प्रदेश बाधा रहित बिजली आपूर्ति करे वाला राज्य बन जाई. बलिया आ जौनपुर में परीक्षा का दौरान भइल बीजली कटौती पर नाराजगि जतावत पूर्वांचल विद्युत वितरण निगम के प्रबन्ध निदेशक के आदेश दिहलें कि जांच क के आवश्यक कार्यवाही कइल जाव.


जानकारी लुका के नौकरी पाए वाला बर्खास्त सिपाही के गोहार खारिज
इलाहाबाद, 05 मार्च (वार्ता). इलाहाबाद उच्च न्यायालय सोमार का दिने सीआरपीएफ के जवान रहल रफीक अली के अपना बरखास्तगी का खिलाफ लगावल गोहार के खारिज क दिहलसि.
बतावल जात बा कि रफीक अली के सीआरपीएफ में बहाली ला चुनइला का बाद प्रशिक्षण दे के तैनाती दीहल गइल रहे. बाद में जानकारी मिलल कि रफीक साल 1996 में एगो आपराधिक मुकदमा में दुर्ग में गिरफ्तार भइल रहे बाकिर सन्देह के लाभ देत अदालत ओकरा के बरी कर दिहले रहुवे. रफीक एह बाति के जानकारी अपना एफिडेबिट में ना दिहले रहुवे आ बतवले रहल कि ओकरा खिलाफ कबो कवनो आपराधिक मुकदमा नइखे रहल.
जाँच का बाद आरोप सही मिलला पर रफीक के बरखास्त कर दीहल गइल. विभागीय अपील आ रिवीजन खारिज भइला का बाद ऊ उच्च न्यायालय में गोहार लगवले रहल जवन आजु न्यायमूर्ति वी.के. बिडला के अदालत में खारिज क दीहल गइल.


बस्ती में मिलल गायब बच्ची के लाश
बस्ती 05 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के कप्तानगंज इलाका के गैलापुर गांव के सुरेश प्रताप सिंह के तीन बरीस के बेटी एक मार्च के गायब हो गइल रहुवे. जीन दिन बाद ओकर लाश खेत में फेंकल मिलल बा आ घरवालन के अनेसा बा कि ओकर हत्या भइल बा. पुलिस छानबीन करत बिया.


संतकबीरनगर में वाहन के चपेट में आके नवही के मौत
संतकबीरनगर 05 मार्च (वार्ता). संतकबीरनगर के खलीलाबाद-बांसी मार्ग पर सोमार का दिने एगो वाहन से धक्का लगला से मोटरसाइकिल सवार बखिरा इलाका के करनजोत गांव के रहेवाला मोहसिन (25) के मौत हो गइल आ ओकरा साथे बइठल गांवे के अजीज घवाहिल हो गइल. अजीज के गोरखपुर मेडिकल कालेज रेफर क दीहल गइल बा.


चारा घोटाला के एगो अउर मामिला में 15 मार्च के सुनावल जा सकी लालू के सजा
रांची 05 मार्च (वार्ता) अविभाजित बिहार के बहुचर्चित अरबों रुपिया के चारा घोटाला के दुमका कोषागार से अवैध निकासी के माम्ला में केन्द्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत 15 मार्च के राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव समेत अउरी आरोपियन के 15 मार्च के सुनवाई पूरा कर लिहलसि. अब सीबीआई के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह के अदालत एह मामिला के फैसला 15 मार्च के सुनाई.


तेंदुलकर आ धोनी से आपन तुलना जनि करसु तेजस्वी
पटना 05 मार्च (वार्ता) जदयू प्रवक्ता आ विधान पार्षद नीरज कुमार आजु नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव पर पलटवार करत किक्रेटर सचिन तेंदुलकर आ महेन्द्र सिंह धोनी से आपन तुलना करे का बारे में कहलन कि ई बेमतलब के तुलना बा. नीरज कुमार कहलन कि नेता प्रतिपक्ष त नउवों के इम्तिहान पास ना कर सकलें आ आपन तुलना बारहवीं पास महेन्द्र धोनी आ दसवीं पास सचिन तेंदुलकर से करत बाड़न. कहलन कि कोयल आ कउवा के रंग एके होला बाकिर बोलते फरक पता लाग जाला.


सोनभद्र में बेइज्जती के बदला लेबे ला खून
सोनभद्र 05 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के कोन इलाका में होली का दिने खेतकटवा गांव के पारसनाथ के पत्नी हीरामती के हत्या हो गइल रहे. हीरामती के बेटा का तहरीर पर मोहल्ले के विकास गुप्ता आ ओकर भाई अजीत गुप्ता का खिलाफ हत्या के मामिला दर्ज कइल गइल. एह लोग के सबेरे में हीरामती से विवाद भइल रहे. बाकिर पुलिस के पता चलल कि ई लोग हत्या में शामिल ना रहल आ केहू दोसर खून कइले बा. जाँच का बाद पुलिस सुग्रीव साहू डिग्री कालेज मोहिउद्दीनपुर का लगे से हत्या के आरोप में विनेश हरिजन के गिरफ्तार कर लिहलसि. पूछताछ में ऊ बतवलसि कि पर साल रामलीला का दौरान मृतका ओकरा के चप्पल देखावत बेईज्जत कइले रहुवे ओकरे बदला लेबै ला ऊ मौका देखि के ओकर खून क दिहलसि.


सपा के मिलल बसपा के समर्थन राजग खातिर चुनौती
पटना 05 मार्च (वार्ता). लालू के राजद के कहना बा कि यूपी के उपचुनावन में सपा के मिलल बसपा के समर्थन एगो बढ़ीया पहल बा आ अगर ई फारममूला सफल होखच बा त अगिला लोकसभा चुनाव में ई भाजपा गठबन्धन ला चुनौती साबित होखी. ई बयान देत राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ पहिले सांसद रह चुकल शिवानंद तिवारी कहलन कि एह काम ला लालू प्रसाद यादव बहुते दन से लागल रहुवन.


उत्तर प्रदेश में राज्यसभा के दस सीट के चुनाव ला अधिसूचना जारी
लखनऊ 05 मार्च (वार्ता) राज्यसभा चुनाव खातिर चुनाव आयोग से अधिसूचना जारी होखते नामाकंन प्रक्रिया सोमार से शुरू हो गइल बाकिर पहिला दिने केहू के परचा दाखिल ना भइल. एह चुनाव में सपा आ बसपा के गठजोड़ हो गइला का बाद दसवीं सीट पर बसपा उम्मीदवार के जीत के संभावना बरियार हो गइल बा. आठ सीट पर सत्तारूढ भाजपा के जीत पक्का बा आ एगो पर सपा के.


सिवान में एगो लाश बरामद
सीवान 05 मार्च (वार्ता). बिहार के सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के कुतुब छपरा गांव का लगे से बरामद लाश के पहचान आंदर थाना के दहबाड़ी गायघाट के सुरेश यादव (40) का रूप में भइल बा. मृतक के भाई अवधेश यादव गांवे के आठ जने का खिलाफ नामजद प्राथमिकी लिखववले बाड़न.


तूफान में सांप छछूंदर के संगे देखल अचरज के बात ना होखे
गोरखपुर 05 मार्च (वार्ता). गोरखपुर आ फूलपुर संसदीय क्षेत्र के उपचुनावन ला बसपा पसा गठजोड़ पर तंज करत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि तूफान देखि के सांप छछूंदर जइसन जानी दुश्मनन के एके किश्ती में सवार होखल अचरज के बाति ना होखे. कहलन कि सभका मालूम बा कि स्टेट गेस्ट हाउस कांड के करवले रहल आ लखनऊ में बनल स्मारकन के भसावे के बाति के कहले रहल. कहलन कि एह चुनावन में भाजपा के जीत पक्का बा.


गोरखपुर के सहजनवा में दू गो लाश बरामद
गोरखपुर 05 मार्च (वार्ता) सहजनवा इलाका के चकिया पोखरा का किनारे दू गो नवहि.न के लाश मिलल बा. दुनु के गरदन रेतल बा एगो के लादो फोड़ल बा. पुलिस मामाला दर्ज क के लाश के पहचान करावे में लागल बिया.


वाराणसी में अपने के गोली मार खुदकुशी कइलसि
वाराणसी 05 मार्च (वार्ता). कैंट इलाका में काल्हु राति भक्ति नगर के विकास सिंह (28) शराब का नशा में अपने घरे खुद के गोली मार दिहलसि. अस्पताल ले जाए का राहे में ओकर मौतो हो गइल. बतावत जोत बा कि बेरोजगार विकास अपना जरुरत ला परिवार के लोग से रुपिया माँग के काम चलावत रहुवे. अतवार के रुपिया ना दीहल लोग त तोड़ फोड़ मचा के अपना कमरा में चलि गइल. थोड़ देर बाद गोली के आवाज सुनि के लोग पहुँचल त ओकरा के बिस्तर पर लहुलुहान देखल.
एगो दोसरा मामिला मे वाराणसी जं. का लगे रेल पटरी पर लहरतारा इलाका में एगो कटाइल लाश टुकड़ा टुकड़ा में मिलल. ओकर पहचान नइखे होखत.


मोतिहारी में भइल हिंसक झड़प, छह जने घवाहिल
मोतिहारी 05 मार्च (वार्ता). पूर्वी चंपारण जिला के पचपकरी आउट पोस्ट के हिरापट्टी गांव में सोमार का दिने भइल हिंसक झड़प में छह लोग घवाहिल हो गइल. पुलिस मौका पर जा के जोँच करत बिया आ घाहिलन के इलाज मोतिहारी सदर अस्पताल में चलत बा.


भदोही में एगो लड़िका के गोली मार के हत्या
भदोही 05 मार्च (वार्ता). भदोही के शहर कोतवाली इलाका के रामसहायपुर के बेलाल मंसूरी (16) काल्हु साँझे घर से कहीं गइल रहुवे. देर राति ले ना आइल त ओकर तलाश शुरु भइल. सोमार का सबेरे ओकर लाश जौनपुर-मिर्जापुर सड़क के बाईपास पर मथुरापुर में मिलल. लाश पर गोली मारे के निशान बा. पुलेस एकरा के प्रेम प्रपंच के मामिला समुझत बिया काहे कि पहलिहूं ऊ एह चकेकर में एक बेर अपना हाथ के नस काट चुकल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *