मिर्जापुर के अदलाहाट में सड़क हादसा

मिर्जापुर 07 मार्च (वार्ता) मिर्जापुर जिला के अदलहाट इलाका में ट्रक का धक्का से दू गो मोटरसाइकिल सवार नवहियन के मौत हो गइल।

पुलिस से पता चलल कि फत्तेपुर टोल प्लाजा वाराणसी शक्तिनगर मार्ग पर एगो बाईक पर सवार होके दू गो नवही काल्हु देर रात वाराणसी ओर जात रहले। तले फ़त्तेपुर टोल प्लाजा का लगे सामने खड़ा ट्रक से जा टकरइले आ दुनु जने के मौत ओहिजे हो गइल।

एह लोग के पहचान वाराणसी के जयपुरा निवासी विनोद मौर्य (30) आ गाजीपुर के प्रकाश शर्मा (28) के रूप में भइल बा। एकरा बाद ढेर देरि ले आवाजाही जाम हो गइल रहे।

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।