जमीन दलाल के खून

गोपालगंज 07 मार्च (वार्ता) गोपालगंज नगर थाना इलाका के एकदरवा गांव का लगे हथियारबन्द अपराधी आपसी रंजिश में एगो जमीन दलाल के खून कर दिहले।

पुलिस सूत्र बतवलें कि जमीन दलाल नसरूद्दीन मिंया मंगल का देर राति एगो शादी समारोह में शामिल होके घरे लवटत रहले जब गांव का नियरे पहिले से घात लगा के बइठल अपराधियन के गिरोह उनुका पर तेज धारदार हथियार से हमला कर दिहले। गंभीर रूप से घायल दलाल के मौत कुछे देर में हो गइल।

केस दर्ज करत पुलिस आनन फानन में तीन जने के हिरासत में ले लिहलसि आ ओहनी से पूछताछ करत बिया।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *