भोजपुरी इलाका से
भोजपुर जिला के आरा में एगो चुनाव सभा में चिराग पासवान एलान क दीहलन कि ऊ बिहार विधानसभा चुनाव लड़ीहें. एकरा साथही बिहार के राजनीति में एगो नया दौर आवे के संभावना बढ़ गइल. देखे जोग होखी कि एह एलान से एनडीए के बाकी गोलन पर का प्रतिक्रिया होखी. साथही मुख्य विपक्षी राजद के लालू पुत्र तेजस्वी का सोझा एगो बड़हन देवार खड़ा हो जाई. कांग्रेस के कन्हैया के त ना आवे दीहलन लालू बाकिर चिराग पर त उनुकर कवनो वश नइखे चले वाला.
रोहतास जिला के कोचस थाना क्षेत्र के अठवलिया में एगो 5 साल के बच्ची के साथे दुष्कर्म के मामला सामने आइल बा. पुलिस के हाथे अबहीं एह मामिला में कुछ आइल नइखे अब ले.
सारण जिला में सोशल मीडिया के माध्यम से 162 गो नाबालिग लड़िकियन के अनैतिक गिरोहन का चंगुल से छोड़ा लीहल गइल बा.
गोपालगंज जिला में एगो ऑनर किलिंग के मामिला सामने आइल बा, जहवाँ एगो बाप अपना 15 बरीस के बेटी के नरेटी दबा के जान ले लिहलसि. लड़िकी के दोष बस इहे रहल कि ओकरा दोसरा जात के लड़िका से प्यार हो गइल रहुवे.
ऑपरेशन सिंदूर में घवाहिल बक्सर के एगो जवान सुनील सिंह शहीद हो गइलें. आजु उनुकर आखिरी संस्कार राजकीय सम्मान का साथे चौसा के रानी घाट पर कइल गइल.
पूर्वी चंपारण में दू गो अलग अलग सड़क दुघर्मटना में दू गो नवहियन के मौत होखे के खबर आइल बा.
पश्चिमी चंपारण के बेतया में 33 केविए लाइन में फॉल्ट अइला का चलते करीब 3 घंटा ले बिजली गुल रहल.
कैमूर में एगो सड़क दुर्घटना में श्रद्धालुअन से भरल एगो मैजिक आ ट्रैक्टर का टक्कर में 16 लोग घवाहिल हो गइलें. ई लोग मां मुंडेश्वरी के दर्शन क के घरे लवटत रहल.
बलिया जिला में पुलिस एगो मुठभेड़ में 25 हजार रुपिया के इनामी बदमाश के गिरफ्तार क लिहलसि. ओकरा लगे से पिस्तौल आ कारतूसो बरामद भइल बा.
देवरिया जिला मे काल्हु बकरीद का मौका पर साठ बरीस के एगो बूढ़ आपने गरदन काट के अपने कुर्बानी दे दिहलसि.
गोरखपुर निषाद पार्टी के एगो कार्यकर्ता के गोली मार के जान ले लीहल गइल.
मऊ जिला में एगो सड़क दुर्घटना में एगो स्कॉर्पियो गाड़ी सड़क किनारे खड़ा ट्रक से जा टकराइल. एह हादसा में चार जने घवाहिल हो गइलें.
जौनपुर जिला में डी फार्मा के एगो छात्र के हत्या के खुलासा हो गइल बा. बतावल जात बा कि अपना माशूका पर कमेंट सुन के ओकर एगो दोस्ते ओकरा के गोली मार दिहलसि.
आजमगढ़ जिला में पुलिस पर हमला करे का आरोप में 17 जने के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.
गाजीपुर जिला में एगो बारात का दौरान डीजे पर डांस करे के ले के भइल विवाद में दूल्हवे के पीट-पीट के मउआ दीहल गइल.
वाराणसी में एगो बंदर बांके बिहारी मंदिर से 20 लाख रुपिया भरल थैली ले के भाग निकलल. बाद में 8 घंटा के पीछा का बाद पुलिस ओकरा के पकड़े में कामयाब हो गइल आ रुपिया भरल थैलियो बरामद कर लिहलसि.
पलामू जिला के रामगढ़ थाना क्षेत्र के खैराही गांव में एगो 4 बरीस के बच्चा के मौत स्कॉर्पियो से कचरा के होखे के खबर बा.
🇮🇳 राष्ट्रीय समाचार
भारत में कोविड-19 के मामिला में बढ़ोतरी जारी बा. अबले नाहियो त छ हजार लोग एकरा चपेट में आ चुकल बा आ पिछला 24 घंटा का दौरान आधा दर्जन लोग के मौतो होखे के खबर बा.
तेलंगाना में नया कैबिनेट के गठन में तीन गो नया मंत्रियन के पद आ गोपनीयता के किरिया धरावल गइल.
🌍 अंतर्राष्ट्रीय समाचार
यूक्रेन ड्रोन हमला के के मास्को के निशाना बनवलसि.
इजराइल गाजा में सहायता जहाज के रोके के धमकी दिहलसि. जान जाईं कि सहायता सामग्री ले के गाजा आवत एह पानी का जहाज पर ग्रेटा थुनबिर्गमो सवार बाड़ी.
सगरी खबर नेट पर जारी खबरन से बटोरल गइल बा. अगर रउरा कवनो खबर गलत होखे के जानकारी होखे भा कवनो जिला के अउरी खबर पढ़े के मनसा होखे त नीचे कमेंट बॉक्स में लिखे में असकतियाईं मत. अगर कवनो कॉलेजिया छात्र अंजोरिया के स्थानीय प्रतिनिधि बने के इच्छा राखत होखे त ओकर स्वागत बा. रउरा आपन इच्छा नीचे कमेंट बॉक्स में लिख भेजीं. ओकरा बाद रउरा से संपर्क कइल जाई.
0 Comments