दि अमेरिका पार्टी का भारत वाला आआपा होखी ?

Will The America Party be like AAP of India ?

#TAP #AmericaPolitics #AnjoriaReport #भोजपुरी_विश्लेषण #GlobalDemocracy

अपना वादा मुताबिक एलेन मस्क अमेरिका का आजादी का दिने एगो नया पार्टी बनावे के एलान कर दिहलन आ एकर नाम रखले बाड़न दि अमेरिका पार्टी. एकर कोशिश होखी कि अमेरिका के निर्दलियन आ छोटका गोलन का साथे गठबन्हन कर के Progressive Alliance of America माने कि PAA बनइहें. बाकिर का PAA उल्टा होखी AAP के आ कि ओकरे राहे चली.

एलेन मस्क के बयान आइल बा कि ऊ चाहत बाड़न कि अमेरिका में एक दलीय शासन के अंत हो जाव आ जवनो सरकार बने तवन गठबन्हन वाला होखे जेहसे सभकर आवाज सुनल जा सके.

मस्क त ना कहलन बाकिर हम सोचत बानी कि का जइसे आम आदमी पार्टी भारत में रेबड़ी बाँटे के एलान से दिल्ली प्रदेश के सत्ता हथिया लिहलन वइसहीं TAP के मकसद बा अमेरिका में grassroots स्तर से बदलाव ले आवे के. का ई पार्टी आम लोग, श्रमिक, अल्पसंख्यक, छात्र, पर्यावरण प्रेमी, आ सामाजिक न्याय में विश्वास राखे वाला लोगन के एकसाथे ले आ के एगो नया राजनीतिक विकल्प बनावे के कोशिश में बावे?

TAP के रणनीति – एकदलीय शासन से गठबंधन सरकार के ओर

1. जमीनी स्तर पर आन्दोलन चलावे पर जोर :

TAP अमेरिका के हर राज्य में आपन समुदाय आधारित अध्याय (community-based chapters) बनावत बावे. गली-मोहल्ला, यूनियन, कॉलेज आ चर्च स्तर पर जनजागरण अभियान चलावल शुरु कइले बावे.

2. मुद्दा आधारित राजनीति :

TAP ( दि अमेरिका पार्टी ) के मुद्दा बा : हेल्थकेयर सभका ला, शिक्षा मुफ्त आ सुलभ, पर्यावरण सुरक्षा, पुलिस सुधार, आ चुनावी प्रणाली में पारदर्शिता. जात-पात, रंग-भेद आ धर्म के राजनीति से दूर रहे के बात करत बावे.

3. अमेरिका में तीसरा मोर्चा बनावे के सपना :

TAP अपना तरह के छोट-मोट प्रगतिशील पार्टी आ इंडिपेंडेंट नेता लोगन से गठबंधन करे के कोशिश में बा. 2028 के राष्ट्रपति चुनाव से पहिले PAA (Progressive Alliance of America) जइसन मोर्चा बनावे के बात चल रहल बा.

4. प्रचार अभियान के शैली :

डिजिटल प्लेटफार्म के बेजोड़ इस्तेमाल, वॉलंटियर ड्रिवन फंडिंग, आ बड़हन-बड़हन रैली का जगहा छोट छोट ‘पड़ोस मीटिंग’ पर भरोसा. राजनीति में धन आ कॉर्पोरेट के दखल का खिलाफ खुल के आवाज उठावत बावे.

बड़की पार्टियन में डर आ मौका

Democrat पार्टी के कुछ धड़ा TAP के वोटकटुवा (spoiler) माने लगल बा, जेकरा चलते वोट कट सकेला. दोसरा तरफ Republican पार्टी खातिर ई नया पार्टी ओकर शहरी लिबरल वोट खींचे वाला खतरा बन जाई. बाकी कुछ स्वतंत्र विश्लेषक मानत बाड़े कि TAP के रणनीति ठीक रहल त अमेरिका में गठबन्हन युग के शुरुआत हो सकेला जइसे कि यूरोप में देखे के मिले लागल बा.

निष्कर्ष:

“The America Party” अगर आपन नीति आ जनसंपर्क मजबूत राखी, त ई अमेरिका के दो पार्टी वाला सिस्टम में नया बयार ले आवे के ताकत बन जाई. बाकिर राह आसान नइखे – ऊहे सफल होई जेकरा साथे आम लोग आपन परंपरागत सोच से बाहर निकल के नया राजनीतिक सोच अपनाई.

0 Comments