मोदी सरकार के पहिलका हार

– टीम अंजोरिया

#राहुल-गाँधी #लोकसभा #नम्बर-16 #नम्बर-19 #दोहरी-नागरिकता #विघ्नेश-शिशिर

मोदी सरकार के पहिलका हार

first failed bill of modi govt

ई बाति त अब सभका पता बा कि संसद में महिला आरक्षण लागू करावे खातिर 17 अप्रैल 26 का दिने लोकसभा में पेश संविधान संशोधन बिल 131 के दू तिहाई बहुमत ना मिलला का चलते ई बिल गिर गइल। मोदी सरकार के पहिलका बेर संसद के कवनो सदन में कवनो बिल के पर्याप्त समर्थन ना मिलला का चलते हार माने के पड़ल। एह खबर के भरपूर चरचा मीडिया में मिल जाई बाकिर हमार धेयान राहुल गाँधी खींच लिहलन ’16 नम्बर’ के चरचा करि के। आ हमरो माने के पड़ल जवने आदमी राहुल के ई मुद्दा थमवले होखे बहुते दूर के कौड़ी ले आइल रहुवे। राहुल के बस मेंं त होखे ना कवनो विषय पर शोध करे के। दोसरे उनुका लगे टाइमो नइखे एह फालतू बातन ला। उनुका त बस आपन बेहूदगी देखावल होला संसद मे। खैर। चलीं अब राहुल के उठावल ’16 नम्बर’ के चरचा कर लिहल जाव-

टैरोट भविष्यवाणी में हर नम्बर के एगो मतलब निकालल जाला। आ एही में 16 नम्बर का बारे में कहल जाला कि 16 नम्बर विघ्न विध्वंस आ जागृति के संकेत देला। राहुल गाँधी कहलन कि चूंकि ई बिल 16 अप्रैल का दिने पेश भइल एहसे एकरा पर नम्बर 16 के असर पड़हीं के बा। उनुकर साफ इशारा रहल कि ई बिल त संंसद में पास होखहीं के नइखे। बतावल चहलें कि ई मोदी सरकार खातिर विघ्न आ विघटन के खतरा ले के आई आ हो सकेला कि उनुको एह बात के जागरण मिल जाव कि अब उनुकर दिन गिनल चुनल बा। काहे कि 16 नम्बर का पीछे भ्रांतियन के टूटे के संकेत मिलेला. मोदी सरकारो के अपना सर्वशक्तिमान होखे के भरम टूटहीं के बा एह 16 का चलते। राउर इगो तूड़त ई एहू बात के संकेत देला कि जइसन रउरा सोचले रहीं वइसन होखे वाला नइखे। सचाई के रास्ता साफ करे खातिर राह बने जा रहल बा।

आ बहुत कुछ वइसने हो गइल। एहसे जेही राहुल के भाषण लिखलसि ओकर साधुवाद। 16 नम्बर का बारे में एक लाइन में कहल जाव त जवन होखे के रहल तवन हो गइल अब कुछ नया होखे वाला बा।

नम्बर 16 के चरचा त हो गइल बाकिर अब नम्बर 19 के चरचा क लिहल जाव। 19 नम्बर आइल कहाँ से? लोकसभा में बिल खातिर भइल मतदान में बिल के समर्थन में 298 मत पड़ल। अब 298 अंक के दू अंक में ले आवे होखी। से 2+9+8=19 हो गइल आ नम्बर 19 ला कुछ जानकारी रउरो ले लीं।

नम्बर 19 के सफलता, जीवट, आ उजाला करे वाला मानल जाला। एकर मतलब होला कि संघर्ष का बाद खुशी मिलही के बा। जीवन के नया उर्जा मिले वाला बा। आ अब उल्लास, सफलता आ सकारात्मकता के माहौल बने जा रहल बा। आत्मविश्वास बढ़े वाला बा। अब सगरी रोड़ा हटे जा रहल बा। आ अब सब कुछ रउरा पक्ष में जाए वाला बा।

आ नम्बर 16 का साथे नम्बर 19 के मिला जुला असर इहे होला कि जवन होखे के रहल तवन हो गइल अब निमने होखे वाला बा।

पता ना राहुल के भाषण लिखे वाला एह पर विचार कइले रहल कि ना। आ करबो करीत त कइसे। पहिले से केकरा मालूम रहल कि कतना मत कवना पक्ष में पड़े जा रहल बा। आ ई लेख लिखते लिखत हमरा मन में इहो सवाल आ गइल कि पक्ष में पड़ल वोट के चरचा त कर लिहनी बाकिर विपक्ष में पड़ल वोट काहे छोड़ दिहनी?

बिल का विपक्ष में 230 वोट पड़ल। एकरा ला 2+3+0= 5 निकलत बा। से नम्बर 5 के चरचो कर लिहल उचित रही। टेरोट में मानल जाला कि नम्बर 5 ऊ नम्बर हवे जवना के केहू देखल ना चाहे अपना जिनिगी में काहे कि ई बतावेला कि अब कतहीं से कवनो सहायता भा राहत नइखे मिले वाला। अब खराब दिन शुरु होखे जा रहल बा। सबले खराब ई होखे के बा कि अब रउरा कतहीं से कवनो उमेद ना राख सकीं।

अब जवन होखी तवन त होखबे करी। बाकिर कुछ कुछ पूर्वानुमान एहू से निकालल जा सकेला कि जब लोकसभा में एह संविधान संशोधन विधेयक पर चरचा चलत रहल ओही बेरा लखनऊ उच्च न्यायालय राहुल गाँधी पर मुकदमा दर्ज करे के आदेश दे दिहलसि। प्रशासन से कहल गइल कि दोहरी नागरिकता का चलते राहुल गाँधी का खिलाफ प्राथमिकी दर्ज होखे के चाहीं आ राज्यसरकार कवनो केन्द्रीय एजेन्सी से एकर जाँच करावे।

एगो भाजपा कार्यकर्ता विघ्नेश शिशिर एह मामिला के एह परिणति पर ले आवे में सफल हो गइलन। उनुके के बधाई ना त मोदी सरकार भाजपा के स्टार प्रचारक का खिलाफ कुछ करहीं वाला ना रहुवे। आ विघ्नेश मानहीं वाला नइखन। उनुकर सबले नयका एक्सप्रेशन बहुत कुछ कहत बा। लिखले बाड़न कि आखिर थाईलैण्ड आ वियतनाम के एह 16 गो होटलन के (का इहो एगो संजोग हवे नम्बर 16 के?) बिल केकरा खातिर जा रहल बा? विघ्नेश के कहना तइहो बा कि हम पहिलका मेहरारू के ना बलुक चउथका मेहरारू के बात करत बानी –

0 Comments

Submit a Comment

आपका ईमेल पता प्रकाशित नहीं किया जाएगा. आवश्यक फ़ील्ड चिह्नित हैं *

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.