बालीवुड का क्रिकेट टीम में मनोज तिवारी


भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी भोजपुरी सिनेमा के अकेला कलाकार बाड़न जिनका के बालीवुड के क्रिकेट क्लब में शामिल कइल गइल बा. पिछला दिने सिलीगुड़ी में आयोजोत एगो चैरिटी मैच में बालीवुड क्रिकेट क्लब के मुकाबिला टालीवुड क्रिकेट क्लब से भइल. एह मैच में सुनील शेट्टी का कप्तानी में खेलत बालीवुड के टीम टालीवुड के टीम के निमना से हरा दिहलसि. एह मैच में चार गो विकेट लेबे वाला आ सोलह गो रन बनावे वाला मनोज तिवारी के “मैन आफ दि मैच” घोषित कइल गइल. बालीवुड का तरफ से खेले वालन में कप्तान सुनील शेट्टी आ मनोज तिवारी का अलावे आफताब शिवदासानीम डिनो मारिया, शक्ति कपूरम प्राची देसाई आ महिमा चौधरी वगैरह कलाकार बतौर खिलाड़ी शामिल रहले. मैच का बाद सिलीगुड़ी के मीडिया मनोज तिवारी के जादूई खेल के खूब प्रशंसा कइले.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।