बिहार के खबर

(बियफे, 3 नवंबर)

  • विधानसभा के शीतकालीन सत्र दू दिसम्बर से शुरू होई आ नौ दिसम्बर ले चली. एकर फैसला बियफे का दिने कैबिनेट का बइठक में लिहल गइल. इहो फैसला कइल गइल बा कि हर जिला में एगो महिला थाना खोलल जाई, सैप के जवान, आफिसर आ दोसरा कर्मचारियन के साल पन्द्रह सोलह ले संविदा पर राखल जाई. उर्दू अकादमी के चौंतीस लाख छिहत्तर हजार आ ललित कला अकादमी के सतरह लाख के अनुदानो देबे के फैसला भइल.
  • महिला जनप्रतिनिधियन के पति लोग के सरकारी काम भा बईठका में शामिल होखे पर रोक लगावल जाई आ एकरा के अपराध मानल जाई.
  • विधानसभा अध्यक्ष ताराकांत झा बियफे का दिने कहलन कि बेगूसराय में साल सतरह में कुंभ आयोजित करावे में भरपूर सहयोग दीहें. उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदिओ कहलन कि सरकार साल सतरह में कुंभ आयोजित करे में भरपूर सहयोग करी आ पटना में होखत गंगा आरती का तरह सिमरियो में सालो भर गंगा आरती करावे के व्यवस्था करावल जाई.
  • जमुई में नक्सली जवन पन्द्रह जने के अपहृत कइले बाड़न स ओह लोग के रिहाई करावे खातिर प्रयास जारी बा बाकिर अबही ले कवनो सफलता नइखे मिलल.
  • पूर्वी चंपारण के लाल बेगिया गाँव का लगे एगो सड़क दुर्घटना में दू लोग के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • सारण जिला में कृष्णा चौकी का लगे एगो ट्रक से कचरा के एगो बूढ़ आदमी भुआली शर्मा के मौत हो गइल.
  • कैमूर जिला के मदनपुरा गाँव में जमीन का झगड़ा में एगो आदमी के हत्या कर दिहल गइल. मृतक के परिजन एह मामिला में एगारह लोग का खिलाफ नामजद मुकदमा लिखवले बाड़न.
  • पश्चिम चंपारण के चंडीस्थान में मोहन उपाध्याय के लाश पेड से लटकल मिलल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।