उत्तर प्रदेश के खबर
-

(बियफे, 3 नवंबर)

  • मायावती सरकार केन्द्र के चिट्ठी लिख के राहुल के अघोषित दौरा के शिकायत कइले बिया. दू दिन पहिले अचके में बिना केहू के पहिले से बतवले राहुल गाँधी यूपी आ गइले आ उनुकर दौरा जारी बा. चूंकि राहुल गांधी के एसपीजी सुरक्षा दिहल गइल बा त उनुका दौरा का बारे में राज्य प्रशासन के पहिले से खबर रहे के चाहीं जेहसे उनुकर सुरक्षा के उपाय कइल जा सको.
  • उप्र विधानमंडल का शीतकालीन सत्र 21 नवंबर से शुरू करावल जाई.
  • फुटानी के शौक पूरा करे खातिर दिवाली के रात लखनऊ के गोमतीनगर मे चोरी करे वाला दू गो लड़िकन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. दुनु बारहवीं के छात्र हउवें. लईकाईं में अतना चोना बा त जवानी में का जाने का करीहें !
  • बागपत जिला में बियफे का दिन एगो रेलवे क्रासिंग पर ट्रक के धक्का मरला का बाद एगो यात्री रेलगाड़ी के तीन गो डिब्बा पटरी से उतर गइल जवना चलते दिल्ली-सहारनपुर रेलमार्ग ठप्प हो गइल बा. एह हादसा में तीन जने घवाहिल भइल बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts