नहले पे दहला पर ट्रांसपोर्ट के थीम

आजु शनिचर का दिने महुआ टीवी देखावल जा रहल “नहले पे दहला” शो में गाना के थीम रही ट्रांसपोर्ट. पवन सिंह “टाटा के नैनो कार” गावत एकर शुरुआत करीहें. शो के मेहमान रहीहन बलिया के भोजपुरी गायक गोपाल राय. आजु का शो में लड़िकन के टीम लड़की का ड्रेस में रही काहे कि लड़कियन के सजा मिलल बा. लाड़ो गइहें “सजन राजधानी पकड़ि के आ जइहो”, विकास “मोपेड पे हो के सवार” गइहे, आर्य नन्दिनी के गाना रही “पनिया के जहाज से पलटनिया बनि के अइह पिया”, आकाश गइहें “रिक्शा पे जब बइठ के गोरिया”, इला खालिद के गाना रही “दिखलाये डीजल गाड़ी दिलबर जानी”, वार्षिकेय के माँग रही “पिया मेंहदी ले आ दा मोतीझील से”, सुरभि के “जीजा जी मोर आटोरिक्शा चलावें”, आ गोलू के गाना रही “निरहुआ रिक्शावाला”.

शो के शुरुआत में पवन सिंह वादा कइले रहन कि जे सबले बढ़िया गाई ओकरा के चारपहिया कार दिहल जाई. आकाश के गाना सबले बढ़िया मानल गइल त उनुका के पवन सिंह एगो चार पहिया कार दे दिहलन. अलग बाति बा कि ऊ कार खिलौना कार रहे. शो के समाप्ति गोपाल राय के “हिलोर मारे” का साथे खतम होखी.

नहले पे दहला शुक आ शनिचर का दिने रात आठ बजे से देखावल जाला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

2 Comments

  1. Sanjay kumar bharti

    PAWAN SINGH AAP AARAH ME AA SAKINA JALD OVER BRIDGE PR SOUTING KARI

  2. Sanjay kumar bharti

    Connect in nahle pe dahla

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..