"धरती गगन के प्रीत" का खिलाफ धर्मेन्द्र सिंह

हर तरह के भूमिका सहजे कर के कवनो किरदार में जान डाल देबे वाला सशक्त अभिनेता धर्मेन्द्र सिंह के कवनो जवाब नइखे. अभिनेता धर्मेन्द्र सिंह अपना नयका फिल्म “धरती गगन के प्रीत” के शूटिंग पूरा कर लिहलन. एकर निर्माता रंजू शर्मा आ निर्देशक रमा शंकर हउवें. एह निर्माणाधीन फ़िल्म में धर्मेन्द्र सिंह खलनायक के दमदार भूमिका निभवले बाड़न. सेट पर मौजूद हर शख्स धर्मेन्द्र सिंह के अदाकारी पर वाहवाह कर उठल.

जल्दिए प्रदर्शित होके वाली फ़िल्म “बुलंदी” ओ में धर्मे्न्द्र के अभिनय साबित कर देखवले बा कि कलाकार खातिर कवनो भूमिका मुश्किल ना होखे. धर्मेन्द्र सिंह के आवे वाली दोसरा फिलिमन में मनोज श्रीपति झा निर्देशित “चुन्नू बाबु सिंगापुरी” आ ” कोठा” शामिल बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।