बिहार में ‘डकैत’ के राज चलत बा

मिथिला टॉकिज के हालमें रिलीज भइल फिलिम ‘डकैत’ के राज सगरी बिहार में चलत बा. चालीस से अधिका सिनेमाघरन में निर्माता मनोज चौधरी के ‘डकैत’शानदार बिजनेस करत बा. पहिला दू हफ्ता में एकर नेट कलेक्शन पैंतीस लाख रुपिया भइल. तय बा कि दर्शक फिलिम के खूबे पसंद कइले बाड़न.

फिल्म के निर्देशक रविभूषण हउवें आ कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डेय, चाँदनी चोपड़ा, मनोज टाईगर, अनिल यादव, मनीष चतुर्वेदी, सुबोध सेठ, दीपक भाटिया, गौरी शंकर आ बृजेश त्रिपाठी के प्रमुख भूमिका बा.

पिछला हफ्ता एकरा के मुंबईओ में रिलीज कइल गइल आ ओहिजो एकरा बढ़िया समर्थन मिलल बा दर्शकन के. अपना एह सफलता से निर्माता मनोज चौधरी बहुते उत्साहित बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)


रमज़ानो में हाउस फुल रहल पवन सिंह की ‘डकैत’
भोजपुरी स्टार पवन सिंह के जादू बिहार क बाद मुंबईओ में चलल आ रमज़ान में रिलीज भइला का बावजूद हर जगहा हाउस फुल रहल. पहिला बेर देखे के मिलल कि मुम्बई के अधिकतर सिनेमाघर में दुपहरिया बारहे बजे हाउस फुल के बोर्ड लाग जाव. अइसन पहिला हाली भइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।