‘लाल दुपट्टा मलमल का’ एगो रोमांटिक एक्शन फिल्म
-

भोजपुरी परदा पर रोमांटिक एक्शन फिल्म ‘हवा में उड़ता जाये लाल दुपट्टा मलमल का’ धमाल मचावे ला तइयार बा. श्रीमती रमादेवी प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिलिम के शूटिंग पिछला दिने मुंबई आ बड़हलगंज के अलग अलग लोकेशन पर पूरा कर लिहल गइल. सुपरहिट फिल्म ‘सत्यमेव जयते’ फेम निर्माता अनिल सिंह के एह फिल्म के गीतकार, संगीतकार, लेखक आ निर्देशक अशोक कुमार दीप हउवें जे एहसे पहिले ‘हो गईल बा प्यार ओढ़निया वाली से’ जइसन सिल्वर जुबली फिलिम निर्देशित कइले रहले.

एह फिल्म में सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा, अपूर्वा, अयाज खान, प्रकाश जैस, समर्थ चतुर्वेदी के प्रमुख भूमिका बा. सह निर्माता हउवें अविनाश सिंह ‘गुड्डू’, छांयाकन गौरंग शाह के, एक्शन आर. पी. यादव से, नृत्य रामदेवन, ज्ञान सिंह, आ महेश आचार्य से, आ संपादन उमाशंकर मिश्रा के.

निर्माता अनिल सिंह आ निर्देशक अशोक कुमार दीप के कहना बा कि एह फिलिम में रोमांस आ एक्शन के बेहतरीन संगम देखे के मिली.

आजुकाल्हु एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts