खबर फटफटिया – ७ दिसम्बर २०१२
  • अपना रंगबाजी से पूरा भोजपुरी वर्ल्ड पर राज करे वाला अभिनेता हैदर काजमी एह शुक के खिलाड़ी कुमार अक्षय कुमार से टकरइहें. होखी ई कि हैदर काजमी के फिलिम ‘बिगुल’ एह दिन उत्तर प्रदेश में रिलीज होखत बा. एकर निर्देशक रविकांत के दावा बा कि अइसन फिलिम भोजपुरी में आजु ले नइखे बनल. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
  • “दिल हो गईल कुर्बान” के शूटिंग गुजरात के सिलवासा में पूरा भइला क बाद ओकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई में शुरू हो गइल. फिल्म बिहार के एगो साच घटना पर बनल बा आ मोहब्बत से नफरत का बीचे जज्बात के जंग देखावल गइल बा एहमें. (आपन न्यूज)
  • पद्मश्री उदित नारायण के जनम दिन पर चर्चित भोजपुरी अभिनेता शिवम तिवारी आ फिल्म प्रचारक समरजीत उदित नारायण के उनुका आवास पर पुष्पगुच्छ देके बधाई दिहलें. (समरजीत)
  • रिगल थिएटर के दूसरकी फिलिम “हंटरवाली” के डबिंग क काम गोरेगाँव मुंबई में प्राइम डिजिटल में होखत बा. (समरजीत)
  • श्री नरसिंह फिल्म प्रोडक्शन के “काहे बँसुरिया बजवलऽ” के डबिंग के काम दीप रिकार्डिंग स्टूडियो में पूरा होखे वाला बा. (समरजीत)
  • विरेन्द्र आर्ट इंटरटेनमेंट के फिलिम “हमार हीरो रंगबाज बा” के शूरू होके पूरा होखे तक के तीस दिन के शूटिंग शेड्यूल बिहार के समस्तीपुर में अंगारघाट पर पूरा हो गइल. (समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।