भोजपुरी कवि हरि भइया के साहित्य अकादमी के भाषा पुरस्कार

haribhaiyaमिरजापुर के शेरवाँ से वाराणसी आ के बस गइल पं॰ हरिराम द्विवेदी, जिनका के अधिका लोग हरि भइया क नाम से जानेला, के साहित्य अकादमी का ओर से भाषा पुरस्कार मिले के घोषणा भइल बा. एकरा पहिले भोजपुरी साहित्यकारन के ई पुरस्कार गोरखपुर के धरीछन मिश्र, देवरिया के मोती बी॰ ए॰ के दिहल गइल रहुवे आ हरी भइया तिसरका भोजपुरी साहित्यकार हउवें जिनका के एह पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा.

अपना एह सम्मान से गदगद हरि भइया एकरा के भोजपुरी के जीत बतावत बाड़े. एहसे पहिले हरि भइया के साहित्य भूषण, राहुल सांस्कृत्यायन सम्मान, यूपी रत्न, लोक पुरुष वगैरह अनेके सम्मान मिल चुकल बा.

साहित्य अकादमी का तरफ से भाषा पुरस्कार में एक लाख रुपिया नगद आ प्रशस्ति पत्र दिहल जाला. पुरस्कार कहिया दिहल जाई अबहीं एकर तिथि तय नइखे भइल.

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बहुत -बहुत बधाई .

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..