नरजिस म्यूजिक "अन्तिम ताण्डव" के इलेक्ट्रानिक राईट्स खरीदलसि

AntimTandav-posterसिनेमा भोजपुरी के बढ़ावे ला क्रांतिकारी कदम उठाए वाली म्यूजिक कंपनी नरजिस म्यूजिक “अन्तिम ताण्डव” के सगरी इलेक्ट्रानिक राईट्स खरीद लिहलसि. सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज़ कहाए वाला अभिनेता निर्माता हैदर काज़मी के कंपनी नरजिस म्यूजिक भोजपुरी फिलिमन के आडियो, वीडियो के सगरी इलेक्ट्रानिक राईट खरीदके फिल्म निर्मातन के मुनाफा पहुँचावे में लागल बिया. जहाँ बड़की बड़की कंपनी भोजपुरी फिलिमन के संगीत के घाटा के सौदा बतावेली स ओहिजे नरजिस म्यूजिक निर्मातनके फायदा देबे क साथही ओह लोग के जागरूको करत बिया.

नन्द किशोर फिल्म एव इंटरटेनमेंट के बनावल भोजपुरी फिल्म “अंतिम तांडव” के निर्देशक दिलीप शर्मा, लेखक राकेश त्रिपाठी, गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, फणीन्द्र राव, अउर जियालाल यादव, संगीतकार छोटे बाबा, छायांकन करे वाला देवेन्द्र तिवारी, मार-धाड़-मास्टर हीरा यादव, आ डांस गुरू संतोष सर्वदर्शी हउवें.

एह फिलिम के मुख्य कलाकार हउवें विराज भट्ट, सोनू झा, शुभम त्रिवारी, स्मृति सिन्हा, अनारा गुप्ता, रोहित सिन्हा, मटरू, देव सिन्हा, विनोद मिश्र, हीरा यादव, ओम कुमार, जय कुमार, रविंदर गुप्ता, जे. नीलम, धीरज मिश्र, धमेंद्र सिन्हा, कामूल खा, शिवराज, हेजल, प्रीति सिन्हा, आ राजीव झा.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।