After Hindus now it is the turn of Sikhs in Kashmir valley

Islamic extremists have warned Sikhs living in Kashmir valley either to embrace Islam or leave the valley. Earlier they have successfully chased Hindus out of the valley and now it is the turn of Sikhs.

काश्मीर घाटी से हिन्दूवन के भगावे में सफल रहल इस्लामी उग्रवादी अब ओहिजा के सिक्खन के चेतावनी दिहले बाड़े कि या त इस्लाम कुबूल कर लऽ लोग ना त घाटी छोड़ द लोग. आज सबेरे जब शिरोमणी अकाली दल के सांसद एह मामिला के संसद में उठवले त सरकार का तरफ से प्रणव मुखर्जी आश्वासन दिहले कि अइसनका ना होखे दिहल जाई.

जबकि पूरा दुनिया देखले बा कि काश्मीर घाटी से हिन्दूवन के के तरह निकाल फेंकल गइल आ आजु ले ऊ अपने देश में शरणार्थी वाला जीवन जी रहल बाड़े. बाजपेयीओ सरकार काश्मीरी पण्डितन के फेर से घर वापसी ना करा सकल रहे कांग्रेस नित सरकार के का कहने !

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।