Kalmadi’s wings chopped but he is unruffled

Kalmadi denies to accept that the govt. has limited his powers in any way though it has asked the CWG organising committee to report to officials rather than Kalmadi.

सुरेश कलमाडी के पंख कतरत केन्द्र सरकार राष्ट्रमण्डल खेल समिति के सदस्यन के कलमाडी के रिपोर्ट ना कर के सीधे अधिकारियन के रिपोर्ट करे के कहले बिया. तबो कलमाडी नइखन मानत कि उनका अधिकारन में कवनो तरह के कटौती कइल गइल बा. वइसहूं जवन साँप निकले के रहे तवन त निकल चुकल बा, जवन वारा न्यारा होखे के रहे ओहमें से अधिकतर त हो चुकल बा. अब लकीर पिटला से का होखे के बा ?

प्रधानमंत्री अब राष्ट्रमण्डल खेल के तइयारियन के खुदे जायजा लिहन. दस गो बड़का अफसरान के एह खेलन के सुचारु संचालन के जिम्मेदारी सँउप दिहल गइल बा. ओने सोनिया गाँधी आपन चुप्पी तूड़त कहले बाड़ी कि खेल खतम भइला का बाद गलती करे वालन का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई.

शायद वइसने जइसन क्वत्रोच्ची का साथे कइल गइल, जइसन वारेन एनडरसन का साथे कइल गइल ?

0 Comments