श्रेणी: समाचार

दस दिन खातिर रेल सेवा में हचपच रही

सिवान में एगो ओवरब्रिज पूरा करे खातिर अगिला दस दिन ले सबेरे आठ बजे से एगारह बजे का बीच कवनो ट्रेन छपरा सिवान रेल लाइन पर ओहिजा से ना गुजरी. एकरा खातिर कुछ ट्रेन के रद्द कर दिहल गइल बा, कुछ के अगाती आ कुछ के पिछाती कर दिहल गइल...

Read More

नौ गो डकैत गिरफ्तार

छपरा पुलिस सात गो डकैतन के मढ़ौरा चँवर से गिरफ्तार कइलसि आ बाद में ओकनी का बयान का बाद दू जने अउर के. ई सगरी डकैत मुन्ना नट के गिरोह के हउवें जवना पर कई जिला में चोरी आ डकैती के मामिला दर्ज बा. पकड़ाइल डकैतन में मोतिहारी,...

Read More

नहर का पानी से फसल के बरबादी

दोहरी घाट मुख्य नहर के अहिरौला माइन शाखा में अचके में बेहिसाब पानी छोड़ दिहला का चलते बलिया जिला के गोठवां आ खनवार गाँव के सैकड़ो बिगहा में लागल फसल डूब के बरबाद हो गइल. जले ले माइनर में पानी छोड़वावल रोकवावल जाइत तब ले पूरा फसल...

Read More

खेत खइलसि गदहा मार खाई ….

करे केहू भरे केहू वाला. गुड़गाँव सिटी बैंक के रिलेशनशिप मैनेजर शिवराज पुरी के गिरफ्तारी हो गइल बा. पुरी बैंक के ग्राहकन से करीब चार सौ करोड़ रुपिया के घोटाला कर डलले बा आ ओह रुपिया के शेयर मार्केट में लगा दिहले बा. रुपिया के पता...

Read More

मुरली मनोहर मन मोहन के कामे ना आ पइहन

लोक लेखा समिति के अध्यक्ष मुरली मनोहर जोशी साफ कर दिहले बाड़न कि टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला के समहर जाँच खातिर जेपीसी बनावल जरुरी बा काहे कि लोक लेखा समिति के आपन सीमा बा आ ऊ अपना सीमा का बाहर ना जा सके. कांग्रेस के कहना रहे कि...

Read More

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..