खेत खइलसि गदहा मार खाई ….

करे केहू भरे केहू वाला. गुड़गाँव सिटी बैंक के रिलेशनशिप मैनेजर शिवराज पुरी के गिरफ्तारी हो गइल बा. पुरी बैंक के ग्राहकन से करीब चार सौ करोड़ रुपिया के घोटाला कर डलले बा आ ओह रुपिया के शेयर मार्केट में लगा दिहले बा. रुपिया के पता लगावल जात बा बाकिर एह बीचे केन्द्रीय प्रत्यक्ष कर बोर्ड तय कइले बा कि बड़का निवेश के पता लगावे खातिर एगो विशेष तरीका अपनावल जाई जवना से कि बड़का पूंजी वालन के निवेश पर कड़ा नजर राखल जाई. एह तरीका से कर चोरी आ करिया धन पर रोक लगावल जा सकी.

0 Comments

Recent Posts