श्रेणी: समाचार

सांसद रमांकांत यादव के परिवार के चार जने के सड़क दुर्घटना में मौत

बियफे का दिने आजमगढ़ के भाजपा सांसद रमाकांत यादव के परिवार के चार लोग के मौत मथुरा से दिल्ली जाए का रास्ता में हो गइल बा. ई लोग मथुरा में जन्माष्टमी देखला का बाददिल्ली लवटत रहुवे जब एह लोग के कार सड़क पर खड़ा दोसरा गाड़ी से टकरा...

Read More

छपरा पटना हाईवे का बाद अब गड़खा सीतलपुर रोडो बंद भइल

गगा सरजू के बाढ़ से छपरा पटना हाईवे पहिलही से बंद रहुवे आ वाहन गड़खा सीतलपुर होके जात रहुवी सँ. बाकिर बियफे का दिने अवतार नगर इलाका के मिर्जापुर का नियरा एगो पुल धंस गइला का चलते उहो रोड बंद कर देबे के पड़ल बा. जलालपुर, रिविलगंज,...

Read More

गंगा नदी के उफान से आधा बक्सर डूबल

गंगा नदी के उफान से आधा बक्सर बाढ़ के पानी से तबाह बा. कोइरपुरवा, धोबी घाट आ रामबाग इलाका के हालात बहुते खराब बा, खई जगहा मेन रोड से हो के पानी बहत बा. बियफे का दिने बक्सर के दौरा का बाद खाद्य आपूर्ति मंत्री श्याम रजक मनलन कि...

Read More

जीजा बेच दिहलसि अपना साली के

पूर्वी चंपारण के मलाही इलाका के होरिल छपरा के एगो आदमी अपना दामाद पर आरोप लगवले बा कि उ उनका बेटी के अपना घरे बोला के ओकरा के पचास हजार रुपिया में एगो आदमी के बेच दिहले बा. दामाद चनपटिया इलाका के गिधा गाँव के ह आ लड़िकी के खरीदे...

Read More

भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात खराबे बनल बा

भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात बिगड़ले जात बा. बियफे का दिने गंगा में पानी खतरा के निशान से बीस सेंटीमीटर उपर चढ़ गइल जवना से नया नया इलाका में बाढ़ के पानी पसरल जात बा. आरा-बक्सर हाईवे पर दू हाथ गहिर पानी बहत बा. शाहपुर प्रखंड में...

Read More


अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।