श्रेणी: समाचार

कटिहार पटना राजरानी एक्सप्रेस दर्जनो लोग के काटत बढ़ गइल

एगो दर्दनाक हादसा में आजु सबेरे सहरसा का लगे धमारा घाट टीसन का लगे कटिहार से पटना जात राजरानी एक्सप्रेस रेल लाइन पार करत श्रद्धालुअन के काटत आगा बढ़ गइल. एह हादसा में नाहियो त दू दर्जन श्रद्धालुअन के मौत हो गइल आ कई दर्जन लोग...

Read More

चौरासी कोसी परिक्रमा ना होखे दी यूपी सरकार

खराब माहौल के हवाला देत यूपी सरकार अयोध्या के चौरासी कोसी परिक्रमा के अनुमति ना दिहलसि आ फैजाबाद प्रशासन के कड़ा होदायत दिहलसि कि कवनो सूरत में एह परिक्रमा के ना होखे दिहल जाव. यूपी सरकार के कहना बा कि उ अयोध्या में कवनो नया...

Read More

योगी आदित्यनाथ के ट्रेन से उतरवा लिहलसि यूपी पुलिस

झाँसी में जलाभिषेक करे जात गोरखपुर के भाजपा सांसद आ महंथ योगी आदित्यनाथ के कानपुर सेंट्रल स्टेशन पर पुलिस जबरदस्ती उतार लिहलसि. प्रशासन के कहना बा कि ओहिजा माहौल खराब बा आ अइसन में योगी आदित्यनाथ के चहूँपला से हालात अउर बिगड़...

Read More

भोजपुर में गंगा के पानी शहरी इलाकन में घुसल

गंगा के बढ़त पानी आजु भोजपुर जिला के शहरीओ इलाका में पसरे लागल बा. शाहपुर, कोइलवर, बड़हरा आ आरा प्रखंड में हालात जस के तस बा. बक्सर के दियारा में आ गंगा, कर्मनासा, धर्मावती आ ठोरा नदियन का किनारे का इलाकन में हालात बिगड़ल जात बा....

Read More

बलिया में घाघरा, गंगा आ टोंस तीनो नदियन के पानी उफनाइल

पिछला दिन का बरखा का बाद नदियन में बढ़ल पानी का चलते बलिया में घाघरा नदी खतरा का निशान से उपर ले बहे लागल बिया आ पानी अबहीं बढ़ले जात बा. टोंस आ गंगा नदियो के पानी खतरा के निशान पार कर लिहले बिया. गाजीपुर, गोण्डा, संतकबीर नगर जिलो...

Read More

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..