श्रेणी: समाचार

बलिया जिला अस्पताल में दू घंटा चलल काम बंदी

पिछला हफ्ता कुछ छात्रन का बेवहार से पीड़ित बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर सोमार का दिने दू घंटा ले काम ठप रखलें आ कहलें कि अगर दोषी विद्यार्थियन के गिरफ्तारी नइखे होत त मंगल से पूरा अस्पताल के ओपीडी बंद कर दिहल जाई. डाक्टर लोग अब...

Read More

नक्सली जोनल कमांडर प्रहार के छपरा पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि

पिछला सोमार का रात परसा थानाध्यक्ष बलिगाँव के गंडक दियारा इलाका से बाड़ीचक सुरेमनपुर के चंदेश्वर सहनी के गिरफ्तार कर लिहलें. चंदेश्वर सहनी नक्सलियन का बीच प्रहार का नाम से जानल जाला आ जोनल कमांडर ह नक्सलियन के. एह खातिर...

Read More

छपरा के डीआईजी रहल आलोक कुमार पर मुकदमा

सारण के डीआईजी रहल आलोक कुमार पर पिछला दिने अनुसूचित थाना क॓ एएसआई आलोक कुमार का खिलाफ केस लिखववले बाड़न कि अतवार का साँझ कुछ लोग आके उनुका पर एगो केस दर्ज करे के दबाव डालल. ओहमें से एक आदमी अपना के आलोक कुमार बतावत रहे. जब कहल...

Read More

मोतिहारी के कुमोद सिंह के जान से मारे के धमकी दिहलसि बबलू

मोतिहारी जेल में बंद बबलू दुबे मोटर फेडरेशन के जिलाध्यक्ष अजय प्रसाद सिंह उर्फ कुमोद सिंह के फोन पर मैसेज भेज के धमकी दिहले बा कि तोहार जान ले लिहल जाई चाहे कवनो बिल में लुकाए के कोशिश करऽ. कुमोद सिंह पुलिस से आपन रक्षा करे के...

Read More

गोपालगंज में गंडक बउराइल

नेपाल में तीन दिन से लगातार होखत बरखा का चलते गंडक नदी बउरा गइल बिया. एह चलते मेंहदिया में चलत कटाव रोधी काम बंद कर देबे पड़ल बा काहे कि नदी के धार अतना तेज बा कि ओहमें कुछ कइल संभव नइखे होत. पतहरा बाँध पर नदी के दबाव बहुते बढ़...

Read More

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..