बलिया जिला अस्पताल में दू घंटा चलल काम बंदी

पिछला हफ्ता कुछ छात्रन का बेवहार से पीड़ित बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर सोमार का दिने दू घंटा ले काम ठप रखलें आ कहलें कि अगर दोषी विद्यार्थियन के गिरफ्तारी नइखे होत त मंगल से पूरा अस्पताल के ओपीडी बंद कर दिहल जाई. डाक्टर लोग अब शहर कोतवाल अजय राय के तबादला के माँगो जोड़ लिहले बा अपना माँग में.
दोसरा तरफ विद्यार्थी नेता लोग के कहना बा बेकसूर विद्यार्थियन पर लादल मुकदमा वापिस ना भइल त बड़हन छात्र आन्दोलन चलावल जाई.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..