Govt is not going to distribute the rotting grains

Sharad Pawar has denied to follow the advice of Supreme Court to distribute the surplus grains which cant be kept protected from rotting. He has said the govt is already giving heavily subsidised ration to BPL families and nothing more can be done !

खेती से बेसी खेल में रुचि राखे वाला अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद के अध्यक्ष शरद पवार, जिनका पर देश के कृषि मंत्रालयो के बोझा बा, कहले बाड़न कि सरकार अनाज फोकट में ना बाँट सके भलही ऊ सड़ जाव. कुछ दिन पहिले सुप्रीम कोर्ट सरकार के कहले रहुवे कि जवना अनाज के ऊ अपना गोदामन में सुरक्षित रुप से ना राख सके ओह अनाज के गरीबन के बाँट देव. बाकिर केन्द्र सरकार एह सलाह के माने के तइयार नइखे.

शरद पवार कहले कि सरकार पहिलही से अंत्योदय योजना में गरीबन खातिर दू रुपिया किलो का दस से अनाज बेच रहल बिया जवना के ऊ सोलह रुपिया किलो का दस से खरीदेले. अब अउरी दान ओकरा वश का बाहर बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *