सगरी हिन्दुस्तान में निरहुआ-आम्रपाली के जलवा

NIRAHUA-AAMRAPALI
भोजपुरी जगत के सबले बड़हन सितारा जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ आ भोजपुरी के अव्वल अदाकारा आम्रपाली दूबे के जलवा भोजपुरिया बॉक्स ऑफिस पर ईद का समय सगरी हिन्दुस्तान में देखे के मिलल.

एह जोड़ी के फिलिम ‘‘निरहुआ चलल ससुराल – 2’’ ईद का मौका पर मुम्बई, गुजरात अउर यू०पी० में रिकार्डतोड़ बिजनेस कइलसि. त एही लोग क फिलिम ‘‘आशिक आवारा’’ पंजाब में बम्पर कलेक्शन बटोरलसि. बिहार-झारखंड में ‘‘बम बम बोल रहा काशी’’ पाँचवो हफ्ता में रिकार्ड बिजनेस बटोरले जात बिया. बंगालो में आशिक आवारा के बिजनेस शानदार चलत बा.

‘‘निरहुआ चचल ससुराल 2’’ के रिकार्ड बिजनेस वाराणसी के आनंद मंदिर में दर्ज भइल. ईद पर निरहुआ आम्रपाली के जोड़ी ला भोजपुरियन के दीवानगी देखते बनत रहुवे. बॉक्स ऑफिस पर सफलता के गाँरटी बन चुकल ‘‘निरहुआ-आम्रपाली’’ देखनिहारन के नेह से अभिभूत बाड़ें. एह लोग क अगिला फिलिम होखी ‘‘रामलखन’’.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।