फादर्स डे पर पापा की बेटी
-

PapaKiBeti

आजु 19 जून 2016 के दुनिया में फादर्स डे का रुप में मनावल जा रहल बा आ एह मौका पर बिहार हिन्दी साहित्य सम्मेलन का तरफ से पटना में सम्मेलन भवन में एगो सम्मान सह सांस्कृतिक समारोह का आयोजन कइल गइल बा. जवना में हाल में भइल प्रतियोगितन में माथ पर चहुँपल बेटियन का साथ ही पितो के सम्मानित कइल जाई.

डा. अनिल सुलभ के अध्यक्षता में होखे जा रहल समारोह के उद्घाटन बिहार विधान परिषद के सभापति डा. अवधेश नारायण सिंह करीहें. समारोह में बिहार सरकार के कई मंत्रियन का साथ ही दैन्क जागरण पटना के स्थानीय संपादक सद्गुरु शरण अवस्थी आ अउरियो खासमखास लोग शामिल होखी.

एह समारोह में युवा अभिनेत्री वैष्णवी के नृत्य प्रस्तुति खास आकर्षण रहे वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts