Tag: बलिया

ट्रक कमांडर भिड़न्त में दू जने के मौत

बक्सर से सवारी उठा के बलिया ले आवत एहो कमांडर जीप के टक्कर फेफना इलाका के तीखा गाँव का लगे एगो ट्रक से हो गइल. एह टक्कर में दू जने के मौत हो गइल आ सात गो अउरी सवारी घवाहिल हो गइलें. मरे वाला में कमांडर के ड्राइवर नरही गाँव के...

Read More

ओहार में आइल जवान नहात घरी डूब गइल

बलिया जिला के बैरिया में श्रीनगर गंगाघाट पर मुंडन संस्कार में आइल सोनबरसा के आलोक गोंड नहात घरी डूब गइल. बहुत मुश्किल से ओकरा के निकालल गइल बाकिर बलिया जिला अस्पताल ले जाए का रास्ता में ओकर मौत हो गइल. आलोक गोंड बीएसएफ में जवान...

Read More

नचनिया संगे नाचे का फेर में लाठी तड़कल

बलिया के रसड़ा इलाका में तुलकी दौपतपुर गाँव में आइल एगो बरात में कुछ बराती नाचेवाली का संगे नाचे का बहाने ओकरा से छेड़खानी करत रहलें. घराती एह तरह के हरकत के बेजा बतावत विरोध कइलन त झगड़ा होखे लागल एह मारपीट में दुनो तरफ के सात लोग...

Read More

तेरह से कम उमर वाला वर्ग में शतरंज चैम्पियन बलिया के

बलिया के वीर लोरिक स्टेडियम में चलत राज्य स्तरीय शतरंज प्रतियोगिता के तेरह साल से कम उमिर वाला खंड में बलिया के रिया मिश्र लड़िकियन का खेल में आ सुमित मिश्रा लड़िकन के खेल में चैंपियन बन गइलें. दुनु बलिया के सेंट जेवियर्स स्कूल के...

Read More

आजादी के लड़ाका शंभुनाथ चौबे के निधन

बुध का दिने बलिया शहर के जगदीशपुर में स्वतंत्रता सेनानी शंभुनाथ चौबे के निधन का बाद उनका आवास पर उनुका के गार्ड आफ आनर दिहल गइल. ९४ साल के शंभुनाथ चौबे आजादी का दिने राजकीय इंटर कॉलेज पर झंडा फहरवले रहलें आ उनुका के ताम्रपत्र से...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।