Tag: आरा

टटका खबर : 15 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु जिउतिया के नहाय खाय ह. उपचुनाव के वोट काल्हु गिनल जाई. जिउतिया काल्हु मनावल जाई. टटका आरा जीत दिल्ली में आ जुलूस आरा में. जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में नक्सली समर्थक आइसा के जीत पर आरा शहर में जुलूस निकालल गइल....

Read More

टटका एबीसीडी : 14 सितंबर 2014

टटका आरा डेहरी आन सोन में बिजली के नया कनेक्शन देबे खातिर 18 तारीख से शिविर लगावल जाई. बिक्रमगंज थाना के धारुपुर में एगो ढोंगी धन दुगना करे का नाम पर पांच लाख रुपिया नगद आ लाखों के गहना ले के भाग गइल बा. अब ओकरा खिलाफ थाना में...

Read More

आरा के बहोरनपुर मे इनार मे गिर के एगो नवही मरल

आरा जिला के बहोरनपुर इलाका के उमरावगंज गांव का इनार मे गिरला से गाँवे के चौबीस बरीस के एगो नवही डूब के मर गइल. पुलिस बुध का दिने लाश कब्जा मे ले क पोस्टमार्टम करावे ले गइल. मामिला के जाॅच चलत बा कि हादसा रहे कि...

Read More

दू गो ट्रक के टक्कर से ड्राइवर के मौत

शनिचर का सबेरे मेदापुर गाँव के ट्रक ड्राइवर के मौत विक्रमग्ज थाना के मानी गाँव का नियरा दू गो ट्रक के टक्कर मे होखे के खबर बा. एगो दोसरा घटना मे आरा टीसन का पछिमारा गुमटी का लगे रेलगाड़ी से कटा के एगो अधबूढ़ आदमी के मौत हो गइल....

Read More

आरा के रिक्शा-ठेला-टमटम चालक हड़ताल पर

गरीब मजूरन से जिला प्रशासन के न्याय माँगत आरा के रिक्शा-ठेला-टमटम चालक बेमिायदी हड़ताल पर बाड़े. सोमारो का दिने आरा टीसन पर एह लोग के धरना जारी रहल. एह लोग के कहना बा कि राज्य के माँझी सरकार गरीब मजूरन के हक छीने आ घंघोटे में...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।