Tag: देवरिया

देवरिया रामजानकी मंदिर के पुजारी के मौत

देवरिया जिला के सोहनपुर के रामजानकी मंदिर के पुजारी संत हरिशंकर दास के शनिचर का दिने झारखंड के सुल्तानगंज रेलवे स्टेशन पर एगो ट्रेन से कटला का चलते मौत हो गइल. संत हरिशंकर दास बाबाधाम दर्शन ला गइल...

Read More

शौहर के बीमा पर आपन हक जतवली जियाउल हक के बेवा

प्रतापगढ़ के कुंडा में मराइल सीओ जियाउल हक अपना निकाह से पहिले दू गो बीमा करवले रहुवन. एगो के नामिनी महतारी के आ दोसरका के नामिनी बाप के बनवले रहुवन. जियाउल हक के मरइला पर यूपी सरकार जियाउल हक के बीबी परवीन आजाद के नौकरी आ बीस...

Read More

देवरिया के बरहज टीसन का लगे अतक्रमण हटवलिस रेलवे

बुध का दिने रेल प्रशासन जेवीजी लगा के 70 गो दुकान आ दर्जन भर घर उजाड़ उखाड दिहलसि जवन रेलवे का जमीन पर गैरकानूनी तरीका से बनावल लगावल रहुवे. एह कार्रवाई के खिलाफ लोग जम के विरोध कइल बाकिर पुलिस ओहलोग के लाठी भाँज के हटावत...

Read More

देवरिया में केवटलिया बन्धा पर कटान के खतरा

देवरियो जिला में घाघरा के पानी के लेवल नीचे गिरल शरू हो गइल बा बाकिर अबहियों खतरा के निशान से उपरे बहत बिया घाघरा. आ कटान तेज होखला का चलते गाँव वालन के साँस अटकल बा. केवटलिया बंधा पर कटान के खतरा बदस्तूर मौजूद...

Read More

देवरिया में गोर्रा नदी बन्धा काटे लागल

गोर्रा नदी अतवार का भोर में पिड़रा-करनपुर बनधा के कुछ हिस्सा काटल शुरु कर दिहलसि. एह कटान से गाँव वालन के होश उड़ गइल बा काहे कि बन्धा टूटल त करनपुर गाँव के बाचल मुश्किल हो जाई. प्रशासन गाँव वालन के सावधान रहे के कह दिहले बा कि...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।